जइसे अकसवा में चहके अंजोरिया ओइसे ही चहके मनमीत मोर संवरिया जइसे अकसवा में चहके अंजोरिया ओइसे ही चहके मनमीत मोर संवरिया त करवा चौथ के परब भूखनी, चलनी में चांद देखली चांद से सुंदर पियवा के मुस्कान देखली पिया रूपवा में हम त भगवान देखली
मन जोगी मिलल बाड़े हमरो सांवरिया उनका के पा के खुलल मोर तकदिरिया मन जोगी मिलल बाड़े हमरो सांवरिया उनका के पा के खुलल मोर तकदिरिया आके जिनगी में जिनगी संवार दिहलू एतना प्यार देके हमरा के तार दिहलू उनका दिल में भरल प्यार के उफान देखली चांद से सुंदर पियवा के मुस्कान देखली पिया रूपवा में हम त भगवान देखली
चलनी के झांझरिया में लउके बलम हो पा के पियवा के अपना तर गइनी हम हो होSSS